कईसन बाड़ऽ तुऽ | Kaisan baral tu

कईसन बाड़ऽ तुऽ

( Kaisan baral tu ) 

 

अपन घर छोड़ि के
दूसरे के घर ताड़अ ताड़ऽ।
कईसन बाड़ऽ तुऽ
केहू के बात न मानऽ ताड़ऽ,

लईका बह गईल,
लईकनि बह गईलऽ
खेत, मेड़ खलिहान दह गईल।
तबहुं न सम्भल ताड़ऽ,
कईसन बाड़ऽ तुऽ
केहू के बात न मानऽ ताड़ऽ।

मोंछि पर तॉव देऽ,
बपौती पर शेखी बघांड़ऽ।
बेचि बेचि के पियत खात
भविष्य न सुधारऽ ताड़ऽ।
कईसन बाड़ऽ तुऽ
केहू के बात न मानऽ ताड़ऽ।

सांझ-बिहान लोग देता ताना
केसे कौनऽ करि बहाना,
ठॅठात हँसत आवेलीऽ लाली
बानी बुझावतऽ बजावेलीऽ ताली।
हियरा के आह न समझत ताड़ऽ
कईसन बाड़ऽ तुऽ
केहू के बात न मानऽ ताड़ऽ।

बनऽ बड़का होशियार
दूसरे के समझावऽ,
अपने माथा कुऑ में गिरावऽ
मेहरारू के गरिआवतऽ
समाज में धाक जमावऽ ताड़ऽ,
कईसन बाड़ऽ तुऽ
केहू के बात न मानऽ ताड़ऽ।

अबोऽ से संभरि जईत
पर घर के गुन ना गईतऽ,
होईत नया दिन के नया बिहान
सज्जित घर गृहस्थी और परिधान।

 

लेखक: त्रिवेणी कुशवाहा “त्रिवेणी”
खड्डा – कुशीनगर

यह भी पढ़ें :-

चांद में चांद | Chand Kavita

Similar Posts

  • छठ गीत | Chhath Geet

    ए छठी मइया बरबस अरगिया हमार ए छठी मइयासांझे लीं अरगिया हमारबरबस अरगिया हमार ए दीनानाथसांझे लीं अरगिया हमार।जलवा में अरग देत करींला बिनितियालिख दिहब हमरो कलम किस्मतियाहियवा के मिटे जुवार ए छठी मइया,सांझे लीं अरगिया हमार ,,,।भोरवो दीदार देब बोली जब चिरईंयाजेकर ना होला केहू होली छठी मइयाआदितदेव होलन रखवार ए छठी मइया,भोरे लीं…

  • सूरज उगले से…( कजरी )

    सूरज उगले से…( कजरी )   सूरज उगले से देखा अँजोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। चिड़िया चहके डाली-डाली, टपके होंठवा से लाली। देखि-देखि सबकर मनवाँ विभोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। सूरज उगले से देखा अँजोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। जाले दुबक कहीं पे रात, पवन लुटावेला खैरात। भौंरा कलियन के सुना चित्तचोर…

  • कसाई हाथ बछिया

    कसाई हाथ बछिया   कउने संग पगहा धरउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुलहा खरीदला ये बाबूजी। धन कै बड़ा लोभी बाटें हमरो ससुरवा, सासु औ ननद रोज खानी मोर करेजवा। कउने खोंतनवाँ बसउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुलहा खरीदला ये बाबूजी। कउने संग पगहा धरउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुल्हा खरीदला ये बाबूजी। माँगनै दहेज…

  • सब के फुलईले चल

    सब के फुलईले चल सब के फुलईले चलऽ धुल खुशी के उडईले चलऽ कब, कहवा, कईसे रात हो जाई जब ,जईसे ,जहवा जे मिले प्यार् के भेट ओके बढईले चलऽ का टिस, का रिस, का खिस, का विस दिल सगरो के जित ना केहु के कबो दबईले चलऽ प्यार् के ढिबरी जलईले चलऽ रचनाकार – उदय शंकर…

  • बुढ़ के फरियाद | Budh ke Fariyad

    बुढ़ के फरियाद ( Budh ke Fariyad ) मंदिर गईनी , मसजिद गईनी , कईनि सगरो इयारी उहा केहू ना सुनलक त, अईनी रउआ दूआरी उम्र हमर ढल गइल बा, पाच गो भईली नारी बाकी एगो बच गईल बिया, बिया उ कुआरी बेटा हमर दुगो बा लोग, निकलल लोग फिरारी भइल बीयाह जब से तब…

  • गौरा न जाई | Gaura na Jai

    गौरा न जाई ( Gaura na Jai ) देखि देखि रूप दूल्हा रोवें मैंना माई पगला के संग हमरी गौरा न जाई।। अईसन न दूल्हा देखा, देखा न बराती रंग रूप देखिके जरि जाए छाती बड़ा दुख होए जिया घबराई…. पगला के संग हमरी गौरा न जाई ….. तन पर भभूत भूत संग नाचे गावे…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *