Bhojpuri Kavita Hamra Aankhi me
Bhojpuri Kavita Hamra Aankhi me

हमरा आँखी में लोर के जहान बाटे

 

जेकरा बाटे खाके पी के उतान बाटे
आ हमरा घर में नून ना पिसान बाटे।

केहू बाकि अंगूरी से चान देखावता
हमरा आँखी में लोर के जहान बाटे।

बड़ी मोसकिल से गंजी किना जाला
उनुका एह पीर के का अनुमान बाटे।

लाद के बात त लादे में हंउड़त बाटे
सीअल ओठ आ हमार जुबान बाटे।

कठरेज के चिन्हे के बा एह जुग में
हमरा छूँछ के कवन आसमान बाटे।

ताल अलगे महंगी देत बिया विद्या
मन इहे सोच-सोच के झवान बाटे।

Vidyashankar vidyarthi

विद्या शंकर विद्यार्थी
रामगढ़, झारखण्ड

यह भी पढ़ें :-

आज की शादी में | Kavita Aaj ki Shaadi mein

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here