Shiksha ke Haal

शिक्षा के हाल | Shiksha ke Haal

शिक्षा के हाल

( Shiksha ke haal )

 

बड़का घराना के हई मैडम
समय से कहियो ना आईला
आवते दू गो लड़िका पेठाईला
कुर्सी दू गो मंगवाईला
एगो पर अपने बैठम
एगो पर बैग धरवाईला!
फेर निकाल के मोबाईल
कान में सटाईला…
ना जाने केकरा से, घंटो,
घिसिर पिटिर बतियाईला?
अतने में टिफिन हो जाला…
बैग उठाके चल दीला घरे,
भाड़ में गेल पढ़ाई लिखाई
बचवन के!
एकर कवनो टेंशन उनका नईखे
पूरा मिल जाता तनखाह जे समय से।
फेर टिफिन बाद जो आईला
रटो रे ! गिनती पहाड़ा?
कहके,
आराम कुर्सी पर फरमाईला।
चार बजे घंटी बजते फुर्र ऊंहाके हो जाईला…
का होखी भविष्य होनहार के?
जब ई रवैया रही खेवनहार के

 

लेखकमो.मंजूर आलम उर्फ नवाब मंजूर

सलेमपुर, छपरा, बिहार ।

यह भी पढ़ें:-

जागते रहो | Jagte Raho

Similar Posts

  • जय हो बिहारी जय हो बिहार

    जय हो बिहारी जय हो बिहार दाल-भात चोखा संगे आचार बर्गर पिज्जा के का औकात नुडल चाउमिन के बड़का बाप लिट्टी चोखा पे घी तब छाछ देसी जोगाड अउर देसी अंदाज जय हो बिहारी जय हो बिहार धोती कुर्ता अउर गमछा पे नाज़ भुजा ,चिवड़ा, मिठठा, मरचा,अचार लाई, तिलुआ, अउर बन्हाला केसार पुआ-पुडी अउर ठेकुआ…

  • भिखमंगा | Bhikhmanga

    भिखमंगा  ( Bhikhmanga )    भुख से टुटल बा, पेट ओके रुठल बा दु दाना के आश बा, ओके इहे पियास बा   लोटा ओके हाथ में, एगो कपड़ा साथ में दर-दर उ भटक रहल बा, रोटी के तलाश में समय से झगड़ा बा, आंख से लंगड़ा बा सबसे ओके आश बा , कुछ खाये…

  • बुढ़ के फरियाद | Budh ke Fariyad

    बुढ़ के फरियाद ( Budh ke Fariyad ) मंदिर गईनी , मसजिद गईनी , कईनि सगरो इयारी उहा केहू ना सुनलक त, अईनी रउआ दूआरी उम्र हमर ढल गइल बा, पाच गो भईली नारी बाकी एगो बच गईल बिया, बिया उ कुआरी बेटा हमर दुगो बा लोग, निकलल लोग फिरारी भइल बीयाह जब से तब…

  • तनी देखिला अहिरन कै ताकत | Tani Dekhila

    तनी देखिला अहिरन कै ताकत हर जुग में आपन हव एक थ्यूरी, तनी देखिला…. तनी देखिला अहिरन कै ताकत गोरी, तनी देखिला…. नीचे निगोटा और सिर पर फेटा, जईहा समझ गोरी अहिरे कै बेटा। छेड़बू तौ बन जाई आफत गोरी, तनी देखिला….. तनी देखिला अहिरन कै ताकत गोरी, तनी देखिला….. हर जुग में आपन हव…

  • छठ गीत | Chhath Geet

    ए छठी मइया बरबस अरगिया हमार ए छठी मइयासांझे लीं अरगिया हमारबरबस अरगिया हमार ए दीनानाथसांझे लीं अरगिया हमार।जलवा में अरग देत करींला बिनितियालिख दिहब हमरो कलम किस्मतियाहियवा के मिटे जुवार ए छठी मइया,सांझे लीं अरगिया हमार ,,,।भोरवो दीदार देब बोली जब चिरईंयाजेकर ना होला केहू होली छठी मइयाआदितदेव होलन रखवार ए छठी मइया,भोरे लीं…

  • सूरज उगले से…( कजरी )

    सूरज उगले से…( कजरी )   सूरज उगले से देखा अँजोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। चिड़िया चहके डाली-डाली, टपके होंठवा से लाली। देखि-देखि सबकर मनवाँ विभोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। सूरज उगले से देखा अँजोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। जाले दुबक कहीं पे रात, पवन लुटावेला खैरात। भौंरा कलियन के सुना चित्तचोर…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *