Shiksha ke Haal

शिक्षा के हाल | Shiksha ke Haal

शिक्षा के हाल

( Shiksha ke haal )

 

बड़का घराना के हई मैडम
समय से कहियो ना आईला
आवते दू गो लड़िका पेठाईला
कुर्सी दू गो मंगवाईला
एगो पर अपने बैठम
एगो पर बैग धरवाईला!
फेर निकाल के मोबाईल
कान में सटाईला…
ना जाने केकरा से, घंटो,
घिसिर पिटिर बतियाईला?
अतने में टिफिन हो जाला…
बैग उठाके चल दीला घरे,
भाड़ में गेल पढ़ाई लिखाई
बचवन के!
एकर कवनो टेंशन उनका नईखे
पूरा मिल जाता तनखाह जे समय से।
फेर टिफिन बाद जो आईला
रटो रे ! गिनती पहाड़ा?
कहके,
आराम कुर्सी पर फरमाईला।
चार बजे घंटी बजते फुर्र ऊंहाके हो जाईला…
का होखी भविष्य होनहार के?
जब ई रवैया रही खेवनहार के

 

लेखकमो.मंजूर आलम उर्फ नवाब मंजूर

सलेमपुर, छपरा, बिहार ।

यह भी पढ़ें:-

जागते रहो | Jagte Raho

Similar Posts

  • सब के फुलईले चल

    सब के फुलईले चल सब के फुलईले चलऽ धुल खुशी के उडईले चलऽ कब, कहवा, कईसे रात हो जाई जब ,जईसे ,जहवा जे मिले प्यार् के भेट ओके बढईले चलऽ का टिस, का रिस, का खिस, का विस दिल सगरो के जित ना केहु के कबो दबईले चलऽ प्यार् के ढिबरी जलईले चलऽ रचनाकार – उदय शंकर…

  • भिखमंगा | Bhikhmanga

    भिखमंगा  ( Bhikhmanga )    भुख से टुटल बा, पेट ओके रुठल बा दु दाना के आश बा, ओके इहे पियास बा   लोटा ओके हाथ में, एगो कपड़ा साथ में दर-दर उ भटक रहल बा, रोटी के तलाश में समय से झगड़ा बा, आंख से लंगड़ा बा सबसे ओके आश बा , कुछ खाये…

  • गौरा न जाई | Gaura na Jai

    गौरा न जाई ( Gaura na Jai ) देखि देखि रूप दूल्हा रोवें मैंना माई पगला के संग हमरी गौरा न जाई।। अईसन न दूल्हा देखा, देखा न बराती रंग रूप देखिके जरि जाए छाती बड़ा दुख होए जिया घबराई…. पगला के संग हमरी गौरा न जाई ….. तन पर भभूत भूत संग नाचे गावे…

  • कईसन बाड़ऽ तुऽ | Kaisan baral tu

    कईसन बाड़ऽ तुऽ ( Kaisan baral tu )    अपन घर छोड़ि के दूसरे के घर ताड़अ ताड़ऽ। कईसन बाड़ऽ तुऽ केहू के बात न मानऽ ताड़ऽ, लईका बह गईल, लईकनि बह गईलऽ खेत, मेड़ खलिहान दह गईल। तबहुं न सम्भल ताड़ऽ, कईसन बाड़ऽ तुऽ केहू के बात न मानऽ ताड़ऽ। मोंछि पर तॉव देऽ,…

  • चिंता में किसान बा | Chinta me Kisan ba

    चिंता में किसान बा! ( Chinta me kisan ba )    बिना बारिश के खेतवा सूखान बा, चिंता में किसान बा ना। कइसे होई अब रोपाई, जेब -पइसा ना पाई, महंगे डीजल से जनता परेशान बा, चिंता में किसान बा ना। बिना बारिश के खेतवा सूखान बा, चिंता में किसान बा ना। नदी-नाले सब सूखे,…

  • पुरुआ में सिहरे बदनियाँ

    पुरुआ में सिहरे बदनियाँ   पुरुआ में सिहरे बदनियाँ, कुलेल करे देखा चँदनियाँ। (2) झुरुर- झुरूर बहे पवन पुरवाई, होतैं जो सइयाँ ओढ़उतैं रजाई। काबू में नाहीं जवनियाँ, कुलेल करे देखा चँदनियाँ। पुरुआ में सिहरे बदनियाँ, कुलेल करे देखा चँदनियाँ। उड़ि -उड़ि अँचरा बुलावे सजनवाँ, होई कब उनसे मधुर ऊ मिलनवाँ। रोज-रोज लड़े लै नथुनियाँ,…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *