Barish ke Chadhal ba Pani

बारिश के चढ़ल बा पानी | Barish ke Chadhal ba Pani

बारिश के चढ़ल बा पानी !

( Barish ke chadhal ba pani ) 

 

अरे रामा! बारिश कै चढ़ल बा पानी,
करत मनमानी ए हरी। ( 2)

गाँव -शहर ऊ नदिया डूबल,
मक्का,अरहर,धान ऊ डूबल।
अरे रामा! देवरा करत छेड़खानी,
चढ़ल बा पानी ए हरी।
अरे रामा! बारिश कै चढ़ल बा पानी,
करत मनमानी ए हरी। ( 2)

कोयल बोले, पपीहा बोले,
बारिश में ऊ कइसे डोले।
अरे रामा! भइल बड़ी परेशानी,
चढ़ल बा पानी ए हरी।
अरे रामा! बारिश कै चढ़ल बा पानी,
करत मनमानी ए हरी। ( 2)

केकर जवानी जग में टिकल,
जे भी चढ़ल ऊ सब उतरल।
अरे रामा! किस्सा ई नाहीं कहानी,
चढ़ल बा पानी ए हरी।
अरे रामा! बारिश कै चढ़ल बा पानी,
करत मनमानी ए हरी। ( 2)

रमई काका कै घर गिर गयल,
सरजू कै गदहा बही गयल।
अरे रामा! बरखा भइल बदगुमानी,
चढ़त बा पानी ए हरी।
अरे रामा! बारिश कै चढ़ल बा पानी,
करत मनमानी ए हरी। ( 2)

लिट्टी -चोखा कइसे बनाईं,
बैंगन, मिर्ची के से मंगाईं।
अरे रामा! बाढ़ भइल बा तूफानी,
चढ़त बा पानी ए हरी।
अरे रामा! बारिश कै चढ़ल बा पानी,
करत मनमानी ए हरी। ( 2)

रैन -अंधेरी ये तड़पाए,
रहि- रहि बिजुरी दिल धड़काए।
अरे रामा! सइयाँ करेला नादानी
चढ़त बा पानी ए हरी।
अरे रामा! बारिश कै चढ़ल बा पानी,
करत मनमानी ए हरी। ( 2)

 

रामकेश एम.यादव (रायल्टी प्राप्त कवि व लेखक),

मुंबई

यह भी पढ़ें :-

आयल फगुनवाँ घरे-घरे | Bhojpuri Holi Geet

Similar Posts

  • मजबूर | Bhojpuri kavita majboor

    मजबूर ( Majboor )   खुन के छिट्टा पडल, अउर पागल हो ग‌इल ना कवनो जुर्म क‌इलक, कवन दुनिया में खो ग‌इल जब तक उ रहे दिवाना, शान अउर पहचान के सब केहू घुमत रहे, लेके ओके हाथ पे आज समय अ्इसन आइल बा, लोग फेंके ढेला तान के कहां ग‌इल मानवता, सभे हंसे जोर…

  • समोसा | Samosa par Bhojpuri Kavita

    समोसा ( Samosa )    आज खड़ा रहनी हम बजार में भिंड भरल रहे अउर सबे रहे अपना काम में दुकानदार चि‌‌ललात रहे हर चिज़ के दाम के तले एगो ल‌इका ले उडल कवनो समान के चोर चोर कह सभे चिल्ला उठल का चोर‌इले रहे ना केहु के पता चलल उ ल‌इका आवाज सुन डेरा…

  • भारत | Bharat par Bhojpuri Kavita

    भारत, भोजपुरी कविता ( Bharat Bhojpuri Kavita )   भारत देश हमार, जेके रुप माई समान चेहरा काशमीर, मुडी हिमालय मुकुट के पहचान बायां हाथ अरु, आसाम मेघालय, त्रिपुरा, मिजोरम, मनिपुर,नागा अउर मुटान दाहिना हाथ गुजरात अउर राजसथान गोड कर्नाटक, आंध्रा, तमिलनाडु, केरला शितलता के प्रमाण इनके ढेरों ल‌इका विर अउर विद्वान पंजाब अउर हिमाचल…

  • लड़कपन | Ladakpan par Bhojpuri kavita

    लड़कपन ( Ladakpan )   देखऽ-देखऽ ठेला वाला आइल ओपे धर के मिठाई लाइल दु प‌इसा निकाल के देदऽ जवन मन करे मिठाई लेलऽ खुरमा खाजा रसगुल्ला राजा इमरति अउर चन्दकला बा ताजा बर्फी, hमलाई हऽ मिठाई के भाई बुनिया सेव अउर गुलाब जामुन गाजा आवे ला खाये में खुबे माजा बाबु जी ग‌इल बाने…

  • बेलना-चौकी | Belana-chauki par Bhojpuri kavita

    बेलना-चौकी ( Belana-chauki )   तोहरा का बनेके बा बेलना या चौकी बेलना दबावेला, बजावेला, घुमावेला चौकी देखेला, सहेला, निभावेला चौकि जानेला, मानेला, पहचानेला बेलना कुचलेला, उछलेला, ठुकरायेला बेलना जब-जब फिसलेला चौकि तब-तब रोकेला बेलना बार-बार उमड़ के जायेला चौकि ‌‌‌रुक शांत हो मुसकरायेला दुनु के क‌इसन मेल बा बेलना अउर चौकि के क‌इसन खेल…

  • गीत तिरंगा के | Geet Tiranga Ke

    गीत तिरंगा के ( Geet Tiranga Ke ) तीन रंग तिरंवा के शान बाटे गोरिया तीन रंग तिरंवा के शान बाटे गोरिया, हमार रंग आपन, जान बाटे गोरिया, हमार,,,,। तीन रंग तिरंगवा के दिहीं सलामी एतना सतवलस अंगरेजवा हरामी लागल एह में परान बाटे गोरिया, हमार,,,। खुदी शेखर के बा जोड़ी दिआइल ललना करेजवा के…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *