Pagal Bhojpuri kavita

पागल | Pagal Bhojpuri kavita

” पागल “

( Pagal ) 

 

दरद के आग बा ओके दिल में, रोये ला दिन रात
देख- देख के लोग कहेला, पागल जाता बडबडात

 

रहे उ सिधा साधा, माने सबके बात
लूट लेलक दुनिया ओके, कह के आपन जात

 

आज ना कवनो बेटा-बेटी, नाही कवनो जमात
नाही पाकिट में एगो रोपया, रहे कबो अफरात

 

रहे उ अन्याय के विरोधी, हर दम क‌इलक इंसाफ
नाही कबो केहू से डरें उ, मुंह पे करें बात

 

इ चिज़ ना दुनिया के भाइल, देलक अ्इसन मार
चोट ओके अ्इसन लागल, घुमेला पगलात ।

 

कवि – उदय शंकर “प्रसाद”
पूर्व सहायक प्रोफेसर (फ्रेंच विभाग), तमिलनाडु

??

उपरोक्त कविता सुनने के लिए ऊपर के लिंक को क्लिक करे
यह भी पढ़ें:-

मजबूर | Bhojpuri kavita majboor

 

 

 

 

 

Similar Posts

  • हे प्रभु | Hey Prabhu Bhojpuri Kavita

    हे प्रभु! ( Hey Prabhu )    मिटा द मन के लोभ सब कुछ पावे के जे हमरा लागल बा दिल पे चोट हे प्रभु! मिटा द मन के लोभ दे सकऽ तऽ तू दऽ प्रेम अउर आराधना कर सऽकी हम पूजा अउर प्रार्थना ना रहे मन में दूख अउर खोट हे प्रभु! मिटा द…

  • बेलना-चौकी | Belana-chauki par Bhojpuri kavita

    बेलना-चौकी ( Belana-chauki )   तोहरा का बनेके बा बेलना या चौकी बेलना दबावेला, बजावेला, घुमावेला चौकी देखेला, सहेला, निभावेला चौकि जानेला, मानेला, पहचानेला बेलना कुचलेला, उछलेला, ठुकरायेला बेलना जब-जब फिसलेला चौकि तब-तब रोकेला बेलना बार-बार उमड़ के जायेला चौकि ‌‌‌रुक शांत हो मुसकरायेला दुनु के क‌इसन मेल बा बेलना अउर चौकि के क‌इसन खेल…

  • मजबूर | Bhojpuri kavita majboor

    मजबूर ( Majboor )   खुन के छिट्टा पडल, अउर पागल हो ग‌इल ना कवनो जुर्म क‌इलक, कवन दुनिया में खो ग‌इल जब तक उ रहे दिवाना, शान अउर पहचान के सब केहू घुमत रहे, लेके ओके हाथ पे आज समय अ्इसन आइल बा, लोग फेंके ढेला तान के कहां ग‌इल मानवता, सभे हंसे जोर…

  • श्मशान | Shamshan par Bhojpuri Kavita

    ” श्मशान ” भोजपुरी कविता ( Shamshan )    चार कंधा पे पड़ाल एगो लाश रहे फूल ,पईसा के होत बरसात रहे राम नाम सत्य ह सब केहू कहत जात रहे केहु रोआत रहे केहू चिल्लात रहे भीड़ चलत रहे ओके साथ मे जे समाज से अलग रहे, आज हांथ में आग ले सब कुछ…

  • दिया काहे बुझ गईल | Diya Kahe Bujh Gayeel Bhojpuri Kavita

    दिया काहे बुझ गईल ( Diya kahe bujh gayeel )    दिया काहे बुझ गईल तेल के कमी से, या पईसा के नमी से सब केहु कहे सुत गईल दिया काहे बुझ गईल न कवनो आवाज, न कवनो पता हिलेला चारो तरफ काहे अंधेरा ही अंधेरा दिखेला इ शहर में कईसन हावा चलेला चारो तरफ…

  • रोपया | Poem on rupees in Bhojpuri

    ” रोपया “ ( Ropya )    रोपया के ना कवनो जात जे के ज्यादा उहे बाप उहे दादा उहे भाई चाहे हो क‌ईसनो कमाई रोपया से समान मिलेला जित धरम अउर शान मिलेला रोपया से सब कुछ खरीदाला कोट कचहरी अउर न्याय बिकाला रोपया में बा अ्इसन बात रोपया के ना कवनो जात रोपया…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *