उन्हुका दीया से नूर लेके का होई

उन्हुका दीया से नूर लेके का होई

 

जमाना के बात रोजाना होता
दरद ओरात ना गोताना होता

लिपल बतकही सोहात नइखे
सफर उन्हुकर सोहाना होता

पत्तल सीके जीअल जाता जहाँ
गरीबी कागज में खोजाना होता

परगट सिसकत बिया जिनगी
नजर के मूँद के जोहाना होता

हाय लागी कइसे लील गइलन
गटके के घटना रोजाना होता

उनुका दीया से नूर लेके का होई
अन्हार में हरदम जोताना होता |

Vidyashankar vidyarthi

विद्या शंकर विद्यार्थी
रामगढ़, झारखण्ड

यह भी पढ़ें :-

आज की शादी में | Kavita Aaj ki Shaadi mein

Similar Posts

  • छठ गीत | Chhath Geet

    ए छठी मइया बरबस अरगिया हमार ए छठी मइयासांझे लीं अरगिया हमारबरबस अरगिया हमार ए दीनानाथसांझे लीं अरगिया हमार।जलवा में अरग देत करींला बिनितियालिख दिहब हमरो कलम किस्मतियाहियवा के मिटे जुवार ए छठी मइया,सांझे लीं अरगिया हमार ,,,।भोरवो दीदार देब बोली जब चिरईंयाजेकर ना होला केहू होली छठी मइयाआदितदेव होलन रखवार ए छठी मइया,भोरे लीं…

  • चिंता में किसान बा | Chinta me Kisan ba

    चिंता में किसान बा! ( Chinta me kisan ba )    बिना बारिश के खेतवा सूखान बा, चिंता में किसान बा ना। कइसे होई अब रोपाई, जेब -पइसा ना पाई, महंगे डीजल से जनता परेशान बा, चिंता में किसान बा ना। बिना बारिश के खेतवा सूखान बा, चिंता में किसान बा ना। नदी-नाले सब सूखे,…

  • भिखमंगा | Bhikhmanga

    भिखमंगा  ( Bhikhmanga )    भुख से टुटल बा, पेट ओके रुठल बा दु दाना के आश बा, ओके इहे पियास बा   लोटा ओके हाथ में, एगो कपड़ा साथ में दर-दर उ भटक रहल बा, रोटी के तलाश में समय से झगड़ा बा, आंख से लंगड़ा बा सबसे ओके आश बा , कुछ खाये…

  • सियरा के देहिंया पर बघवा कै खाल बाय

    सियरा के देहिंया पर बघवा कै खाल बाय   सियरा के देहिंया पर बघवा कै खाल बाय कहां गइल सब नाता रिस्ता ,भइल बहुरंगी चाल बाय घूम रहे हैं दुष्ट भेड़िया,नोचत कचोटत खाल बाय युग समाज सब भइल बा अंधा,अंधा इ सरकार बाय गांव गांव घर घर में मचल बा ,धंधा कै बाजार बाय मांग…

  • कसाई हाथ बछिया

    कसाई हाथ बछिया   कउने संग पगहा धरउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुलहा खरीदला ये बाबूजी। धन कै बड़ा लोभी बाटें हमरो ससुरवा, सासु औ ननद रोज खानी मोर करेजवा। कउने खोंतनवाँ बसउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुलहा खरीदला ये बाबूजी। कउने संग पगहा धरउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुल्हा खरीदला ये बाबूजी। माँगनै दहेज…

  • चाह के चाहत | Chaht ke Chahat

    चाह के चाहत ( Chaht ke Chahat ) चाहत बा कि तु हमरा मे, हम तोहरा मे बस जईती जियत मुअत हसत खेलत बस तोहरे नाम ही गईति तीनो लोक के तु स्वामी दास तोहर बन जईती तोहर गोड के धोअल धुल माथा पे लगईती तन मन धन सब तोहर हर जन्म मे तोहके ही…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *