बुढ़ के फरियाद

बुढ़ के फरियाद | Budh ke Fariyad

बुढ़ के फरियाद

( Budh ke Fariyad )

मंदिर गईनी , मसजिद गईनी , कईनि सगरो इयारी
उहा केहू ना सुनलक त, अईनी रउआ दूआरी
उम्र हमर ढल गइल बा, पाच गो भईली नारी
बाकी एगो बच गईल बिया, बिया उ कुआरी

बेटा हमर दुगो बा लोग, निकलल लोग फिरारी
भइल बीयाह जब से तब से बस गईल लोग ससुरारी
बेचता लोग हमर अरजल, ना देम त उ लोग मारी
कईसे करी बियाह बेटी के, अईनी राउर दुआरी

काट लेम हम आपन जिंदगी, भले बन भिखारी
मर जायेम त के देखी, बिया मासुम अउर पयारी
आईल बानी आश लेके, जज साहेब बाटे बिपदा भारी
बेटी अभी कुआर बिया, कुछ त पुडीया मारी।

रचनाकार – उदय शंकर “प्रसाद”
[ पुव सहायक प्रोफेसर (फ्रेंच विभाग), तमिलनाडु ]
एवं वर्तमान अधिवक्ता ( सिविल कोर्ट , बगहा)
यह भी पढ़ें:-

दिया काहे बुझ गईल | Diya Kahe Bujh Gayeel Bhojpuri Kavita

 

Similar Posts

  • सियरा के देहिंया पर बघवा कै खाल बाय

    सियरा के देहिंया पर बघवा कै खाल बाय   सियरा के देहिंया पर बघवा कै खाल बाय कहां गइल सब नाता रिस्ता ,भइल बहुरंगी चाल बाय घूम रहे हैं दुष्ट भेड़िया,नोचत कचोटत खाल बाय युग समाज सब भइल बा अंधा,अंधा इ सरकार बाय गांव गांव घर घर में मचल बा ,धंधा कै बाजार बाय मांग…

  • सूरज उगले से…( कजरी )

    सूरज उगले से…( कजरी )   सूरज उगले से देखा अँजोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। चिड़िया चहके डाली-डाली, टपके होंठवा से लाली। देखि-देखि सबकर मनवाँ विभोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। सूरज उगले से देखा अँजोर होला, सुबह-सुबह भोर होला ना। जाले दुबक कहीं पे रात, पवन लुटावेला खैरात। भौंरा कलियन के सुना चित्तचोर…

  • करै चला कटनी | Katni par Kavita

    करै चला कटनी   ले ला रोटी-चटनी, करै तू चला कटनी, कि मोर धनिया! फिर से लूटिहा लहरवा कि मोर धनिया। ताजी- ताजी अइली हम अबहिन गवनवाँ, छूटल नाहीं हथवा से मेंहदी सजनवाँ। अउतै करावा मत अइसन खटनी, रजऊ समझा न हमके तू कव्वा-हकनी। ले ला रोटी-चटनी, करै तू चला कटनी, कि मोर धनिया! फिर…

  • कसाई हाथ बछिया

    कसाई हाथ बछिया   कउने संग पगहा धरउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुलहा खरीदला ये बाबूजी। धन कै बड़ा लोभी बाटें हमरो ससुरवा, सासु औ ननद रोज खानी मोर करेजवा। कउने खोंतनवाँ बसउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुलहा खरीदला ये बाबूजी। कउने संग पगहा धरउला ये बाबूजी, कइसन हम्में दुल्हा खरीदला ये बाबूजी। माँगनै दहेज…

  • शिक्षा के हाल | Shiksha ke Haal

    शिक्षा के हाल ( Shiksha ke haal )   बड़का घराना के हई मैडम समय से कहियो ना आईला आवते दू गो लड़िका पेठाईला कुर्सी दू गो मंगवाईला एगो पर अपने बैठम एगो पर बैग धरवाईला! फेर निकाल के मोबाईल कान में सटाईला… ना जाने केकरा से, घंटो, घिसिर पिटिर बतियाईला? अतने में टिफिन हो…

  • सुना प्रधान जी | Pradhan Ji

    सुना प्रधान जी ( Suna Pradhan Ji )   अच्छा-अच्छा काम करा सुना प्रधान जी, नींव कै तू पत्थर बनी जाता प्रधान जी। गाँव -गाँव टॉयलेट,सड़क बनवावा, जेकरे नाही घर बाटे कॉलोनी दियावा। गाँव -गाँव चमके लागी तोहरो ईमान जी, नींव कै तू पत्थर बनी जाता प्रधान जी। अच्छा-अच्छा काम करा सुना प्रधान जी नींव…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *