Shaan Tiranga

गीत तिरंगा के | Geet Tiranga Ke

गीत तिरंगा के

( Geet Tiranga Ke )

तीन रंग तिरंवा के शान बाटे गोरिया

तीन रंग तिरंवा के शान बाटे गोरिया,
हमार रंग आपन,
जान बाटे गोरिया, हमार,,,,।

तीन रंग तिरंगवा के दिहीं सलामी
एतना सतवलस अंगरेजवा हरामी
लागल एह में परान बाटे गोरिया, हमार,,,।

खुदी शेखर के बा जोड़ी दिआइल
ललना करेजवा के छोड़ी दिआइल
एके ना बहुते परमान बाटे गोरिया, हमार,,,,।

मटिया के गरब बढ़ावे के खातिर
आपन ललनवा पढ़ावे के खातिर
जियरा भइल हलकान बाटे गोरिया, हमार,,।

अपने जे फूटलन त अपने सँवरलन
कुँअर के तेगवा पर ढेरे हबकुरलन
छतिया प कइल नेहान बाटे गोरिया, हमार,,।
आज दिन आपन दलान बाटे गोरिया, हमार,

Vidyashankar vidyarthi

विद्या शंकर विद्यार्थी
रामगढ़, झारखण्ड

यह भी पढ़ें :-

बहिनिया पुकारे | Bahiniya Pukare

Similar Posts

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *