Vote Par Bhojpuri Kavita

वोटवा तव हर केहू चाहे | Vote Par Bhojpuri Kavita

वोटवा तव हर केहू चाहे

 

वोटवा तव हर केहू चाहे,
आपन कहावेवाला के बा।
जीतले पे उड़ि ऊ सुगनवाँ हो,
चेहरा दिखावेवाला के बा।

पांच साल मुड़ि-मुड़ि रहिया निहरली,
परछाईं नेताजी कै नाहीं देख पउली।
फिर से दिखाइहैं ऊ अंजोरिया हो,
चँदनिया बिछावेवाला के बा।
जीतले पे उड़ि ऊ सुगनवाँ हो,
चेहरा दिखावेवाला के बा।
वोटवा तव हर केहू चाहे,
आपन कहावेवाला के बा।

रोजी-रोजगार कै बहुत बाटे ठाला,
गिन लेता हमरे कलेजवा कै छाला।
मनीलॉन्डरिंग से पड़ल पाला हो,
हवाला से बचावेवाला के बा।
जीतले पे उड़ि ऊ सुगनवाँ हो,
चेहरा दिखावेवाला के बा।
वोटवा तव हर केहू चाहे,
आपन कहावेवाला के बा।

खाई के शपथ फिर करिहैं घोटाला,
वोटवा से पहिले वोटर, ओन्हे खँगाला।
केकरा पे करी हम भरोसा हो,
अमृत पियावेवाला के बा।
जीतले पे उड़ि ऊ सुगनवाँ हो,
चेहरा दिखावेवाला के बा।
वोटवा तव हर केहू चाहे,
आपन कहावेवाला के बा।

बदली ई भारत, करा मतदनवाँ,
करी कर्मठी नेता पूरा अरमनवाँ।
कितने किए बलिदनवाँ हो,
अब जनवाँ गंवावेवाला के बा।
जीतले पे उड़ि ऊ सुगनवाँ हो,
चेहरा दिखावेवाला के बा।
वोटवा तव हर केहू चाहे,
आपन कहावेवाला के बा।

रामकेश एम यादव (कवि, साहित्यकार)
( मुंबई )

Similar Posts

  • छठ गीत | Chhath Geet

    ए छठी मइया बरबस अरगिया हमार ए छठी मइयासांझे लीं अरगिया हमारबरबस अरगिया हमार ए दीनानाथसांझे लीं अरगिया हमार।जलवा में अरग देत करींला बिनितियालिख दिहब हमरो कलम किस्मतियाहियवा के मिटे जुवार ए छठी मइया,सांझे लीं अरगिया हमार ,,,।भोरवो दीदार देब बोली जब चिरईंयाजेकर ना होला केहू होली छठी मइयाआदितदेव होलन रखवार ए छठी मइया,भोरे लीं…

  • गौरा न जाई | Gaura na Jai

    गौरा न जाई ( Gaura na Jai ) देखि देखि रूप दूल्हा रोवें मैंना माई पगला के संग हमरी गौरा न जाई।। अईसन न दूल्हा देखा, देखा न बराती रंग रूप देखिके जरि जाए छाती बड़ा दुख होए जिया घबराई…. पगला के संग हमरी गौरा न जाई ….. तन पर भभूत भूत संग नाचे गावे…

  • सब के फुलईले चल

    सब के फुलईले चल सब के फुलईले चलऽ धुल खुशी के उडईले चलऽ कब, कहवा, कईसे रात हो जाई जब ,जईसे ,जहवा जे मिले प्यार् के भेट ओके बढईले चलऽ का टिस, का रिस, का खिस, का विस दिल सगरो के जित ना केहु के कबो दबईले चलऽ प्यार् के ढिबरी जलईले चलऽ रचनाकार – उदय शंकर…

  • बुढ़ के फरियाद | Budh ke Fariyad

    बुढ़ के फरियाद ( Budh ke Fariyad ) मंदिर गईनी , मसजिद गईनी , कईनि सगरो इयारी उहा केहू ना सुनलक त, अईनी रउआ दूआरी उम्र हमर ढल गइल बा, पाच गो भईली नारी बाकी एगो बच गईल बिया, बिया उ कुआरी बेटा हमर दुगो बा लोग, निकलल लोग फिरारी भइल बीयाह जब से तब…

  • चिंता में किसान बा | Chinta me Kisan ba

    चिंता में किसान बा! ( Chinta me kisan ba )    बिना बारिश के खेतवा सूखान बा, चिंता में किसान बा ना। कइसे होई अब रोपाई, जेब -पइसा ना पाई, महंगे डीजल से जनता परेशान बा, चिंता में किसान बा ना। बिना बारिश के खेतवा सूखान बा, चिंता में किसान बा ना। नदी-नाले सब सूखे,…

  • जौनपुर घुमाय द्या | Bhojpuri Kavita Jaunpur

    जौनपुर घुमाय द्या किलवा तू जौनपुर कै हमके देखाय द्या, हे! राजा, शाहीपुल चलिके घुमाय द्या। शीतला-चौकिया कै दर्शन उहाँ होई, कब तक राजा ई मनौतिया के ढोईं। शिव और शक्ति कै पुजवा करा द्या, हे! राजा, शाहीपुल चलिके घुमाय द्या। किलवा तू जौनपुर कै हमके देखाय द्या, हे! राजा, शाहीपुल चलिके घुमाय द्या। शिक्षा…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *