Budhiya Bhojpuri Kavita

बुढ़िया | Budhiya Bhojpuri Kavita

बुढ़िया

( Budhiya ) 

 

दूर झोपड़ी में रहे, बहुत अन्हार।
ओमे से आवत रहे, मरत दिया के प्रकाश!
चारों ओर सन्नाटा ,कईले रहे प्रहार।
लागत रहे पेड़ पौधा अउर सब के लागल बा बुखार

ना कवनो पत्ता हीलत रहे,जाने कौन रहे बात?
हवा भी मोड़ लेले रहे मुंह, चलत रहे समय इतना ऐतना खराब।
दु डेग जब आगे बढ़नी, आवत रहे रोए के आवाज।
फूट-फूट के रोवत रहे बुढ़िया, सामने पड़ल रहे बेटा के लाश!

मालिक के बहुत पहिले हो गईल रहे स्वर्गवास!
फूट-फूट के रोवत रहे बुढ़िया सामने पड़ल रहे बेटा के लाश!
माई से पहिले बेटा मर गईल, एकरा से बड़का का होई बात!
के उठाई चपाटी ओके, केहू कब तक दी ही साथ?

अपना सामने देख बेटा के चपाटी , रोयले बड़बड़आत।
पुछे ले विधाता से, काहे आइसन कईल हमरा साथ।
आज विधाता भी बंद कईले बाने, आपन आंख!
कान में रुई डाल के सुतताने दिन-रात!

कहां गइल न्याय उनके, कवन जन्म के कईले बिया पाप?
ना रहल केहूं अब सहारा, हो गईल ऊ बर्बाद।
तनी देर में भीड़ जुटल , सब केहूं देखत रहे चुपचाप
आंख में लोर भर आईल , अउर जकड़ गईल आवाज

सब के शरीर शून्य भईल देख बुढ़िया के अइसन हाल
फूट-फूट के रोवत रहे बुढ़िया सामने पड़ल रहे बेटा के लाश!
लोग मिल -जुल के कईलक , बेटा के कामकाज।
फूट-फूट के रोवत रहे बुढ़िया सामने पड़ल रहे बेटा के लाश!

बेटा ह बुढ़ापा के सहारा, दूल्हा होला दिल के बात।
आज ओके दुनु ना रहल, ना खाए के अवकात
बुढ़िया बहुत बुढ़ भईल, न चलेके सवकास
छांनी भी अब चुये लागल बा, घर ले लेले बा अवकाश

दूर-दूर तक घर ना रहे, रहे पुरा सुनसान
कुत्ता भी ना दिखाई देवे, रहे जगह ऐतना शांत
आइसन समय में ओके, का होई हाल
सोच -सोच के बुढ़िया के टूट गईल बा आस।
फूट-फूट के रोवत रहे बुढ़िया, सामने पड़ल रहे बेटा के लाश!

धीरे-धीरे खाना-पीना, छुटल, खटिया देलक साथ
एक दिन आत्मा भी छुटल, घर में पड़ाल रहे लाश
धीरे-धीरे इ बात पसरल, फिर आईल जमात
काम क्रिया बुढ़िया के भईल, दिया गईल बुझा।

रचनाकार – उदय शंकर “प्रसाद”
पूर्व सहायक प्रोफेसर (फ्रेंच विभाग), तमिलनाडु
यह भी पढ़ें:-

चेहरा | Chehra par Bhojpuri Kavita

 

Similar Posts

  • रोटि | Roti par Bhojpuri Kavita

    ” रोटि “ ( Roti )    बड़ी अजीब दुनिया बा रोटी उजर तावा करिया बा केहु पकावे केहु खाये कुर्सी पे ब‌इठ हाथ हिलाये जे पकाय जरल खाये सुन्दर रोटी कुर्सी के भाये खुन जरे पसिना आये तावा पे जाके सुन्दरता लाये जे खुन जराये पसिना लाये ओके खाली दुख भेटाये ।   कवि –…

  • चेहरा | Chehra par Bhojpuri Kavita

    चेहरा ( Chehra )    कहाँ गेईल ऊ माटी पे से चेहरा टाटी पे रचल बतावे कुछ गहरा गांव देहत में लऊके सुनहारा मिट गईल बा ओपे पहरा   हर टाटी पे कुछ अलग गढ़ल रहे हिरण के पिछले बाघ दऊड़त रहे जिंदगी और मौऊत दूनो झलकत रहे अइशन रहस्य ओपे मढल रहत रहे  …

  • दिया काहे बुझ गईल | Diya Kahe Bujh Gayeel Bhojpuri Kavita

    दिया काहे बुझ गईल ( Diya kahe bujh gayeel )    दिया काहे बुझ गईल तेल के कमी से, या पईसा के नमी से सब केहु कहे सुत गईल दिया काहे बुझ गईल न कवनो आवाज, न कवनो पता हिलेला चारो तरफ काहे अंधेरा ही अंधेरा दिखेला इ शहर में कईसन हावा चलेला चारो तरफ…

  • मजबूर | Bhojpuri kavita majboor

    मजबूर ( Majboor )   खुन के छिट्टा पडल, अउर पागल हो ग‌इल ना कवनो जुर्म क‌इलक, कवन दुनिया में खो ग‌इल जब तक उ रहे दिवाना, शान अउर पहचान के सब केहू घुमत रहे, लेके ओके हाथ पे आज समय अ्इसन आइल बा, लोग फेंके ढेला तान के कहां ग‌इल मानवता, सभे हंसे जोर…

  • पागल | Pagal Bhojpuri kavita

    ” पागल “ ( Pagal )    दरद के आग बा ओके दिल में, रोये ला दिन रात देख- देख के लोग कहेला, पागल जाता बडबडात   रहे उ सिधा साधा, माने सबके बात लूट लेलक दुनिया ओके, कह के आपन जात   आज ना कवनो बेटा-बेटी, नाही कवनो जमात नाही पाकिट में एगो रोपया,…

  • कलयुग | Kalyug par Bhojpuri Kavita

    ” कलयुग “ ( Kalyug )   धधक-धधक अब धधक रहल बा चिंगारी अब भड़क रहल बा लोगन में बा फुटल गुस्सा हर जान अब तड़प रहल बा कहीं आवाज अउर कहीं धुलाई धरती पे अब लालिमा छाइल जान प्यारा हऽ सबके भाई फिर काहे बा गुस्सा आइल कहीं ना बा कवनो लेखा जोखा भाई…

2 Comments

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *