Miththa Bhojpuri Kavita

मिठ्ठा | Miththa Bhojpuri Kavita

मिठ्ठा

( Miththa )

 

मिठ्ठा के गोली, भेल्ली कहाला
क‌ई गो दवाई में, काम आ जाला
गनना के रस पाक के भेलली हो जाला
चना के साथ सबेरे खोजाला
गोर होय या करिया सस्ता बिकाला
चिउड़ा फूला के ओमे मिसाला
मरचा आ नुन संगे धराला
सट-सट सबके खुबे घोटाला
भुजा के संगे भी कट-कट कटाला
पानी में डाल के घट घट घोटाला
पेट के साफ करें, जब पेट में इ जाला
हरानी थकानी में चूसती बुझाला
किसान मजदुर के भात, मिठ्ठा से सनाला
देख के खाना मुस्कान आ जाला
गरीब दुखीया के साथी कहाला
खिचड़ी में मिठ्ठा भरपुर खरीदाला
लाई तिलुआ में खुबे डलाला
पुजा में ई भगवान ला धराला
एके बड़ाई सब जगह सबसे भेटाला
गांव, देहात, शहर हर जगह विकाला
हर घर में ई जरुर मिल जाला ।

 

कवि – उदय शंकर “प्रसाद”
पूर्व सहायक प्रोफेसर (फ्रेंच विभाग), तमिलनाडु

यह भी पढ़ें:-

हे प्रभु | Hey Prabhu Bhojpuri Kavita

Similar Posts

  • चेहरा | Chehra par Bhojpuri Kavita

    चेहरा ( Chehra )    कहाँ गेईल ऊ माटी पे से चेहरा टाटी पे रचल बतावे कुछ गहरा गांव देहत में लऊके सुनहारा मिट गईल बा ओपे पहरा   हर टाटी पे कुछ अलग गढ़ल रहे हिरण के पिछले बाघ दऊड़त रहे जिंदगी और मौऊत दूनो झलकत रहे अइशन रहस्य ओपे मढल रहत रहे  …

  • कबड्डी | Bhojpuri bal kavita kabaddi

    ” कबड्डी ” (ल‌इकन के कविता)   आव कबड्डी खेली हम, रेखा के एने ठॆली हम, दऊड़-दऊड़ के पकड़ी हम, एने-ओने जकडी हम शोर मचाई दऊड़ल जाई उठा पटक हूडदूग मचाई कबो जियाई कबो मुआई जिया मुआ के गोल बनाई माटी में हम खूब लोटाई कबड्डी-कबड्डी आव चिल्लाई     कवि – उदय शंकर “प्रसाद” पूर्व…

  • लड़कपन | Ladakpan par Bhojpuri kavita

    लड़कपन ( Ladakpan )   देखऽ-देखऽ ठेला वाला आइल ओपे धर के मिठाई लाइल दु प‌इसा निकाल के देदऽ जवन मन करे मिठाई लेलऽ खुरमा खाजा रसगुल्ला राजा इमरति अउर चन्दकला बा ताजा बर्फी, hमलाई हऽ मिठाई के भाई बुनिया सेव अउर गुलाब जामुन गाजा आवे ला खाये में खुबे माजा बाबु जी ग‌इल बाने…

  • पागल | Pagal Bhojpuri kavita

    ” पागल “ ( Pagal )    दरद के आग बा ओके दिल में, रोये ला दिन रात देख- देख के लोग कहेला, पागल जाता बडबडात   रहे उ सिधा साधा, माने सबके बात लूट लेलक दुनिया ओके, कह के आपन जात   आज ना कवनो बेटा-बेटी, नाही कवनो जमात नाही पाकिट में एगो रोपया,…

  • जंगल | Jungle par Bhojpuri kavita

    ” जंगल “ ( Jungle )    जंगल हऽ देश के थाथी जे में रहे हाथी गाछ, पेड़ बरसाती चिता, शेर अउर क‌ई गो जाती जंगल हऽ देश के थाथी जे में रहे सब जानवर के निवास सब चिड़ियन के रहे वास जड़ी बुटी के सब प्रजाती जंगल हऽ देश के थाथी सब फल के…

  • महल | Mahal Bhojpuri Kavita

    महल ( Mahal )    धूल में मिल के सब धूल भईल का पताका , का सिंघासन कवन भुल भईल आज दुनिया देख रहल चुप चाप ओके छप पन्ना में पढ़ल इतिहास भईल शान, शौकत आऊर तमाशा सब खाक भईल का पता कवन आग में जल के राख भईल तोप दागत रहे कबो सलाम ओके…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *