Jaral Bhojpuri kavita

जरल | Jaral Bhojpuri kavita

” जरल “

( Jaral ) 

 

पहिले अपना के झांक
तब दुसरा के ताक
काहे तु हसतारे
कवन कमी तु ढकतारे
घुट-घुट के मरतारे
दुसरा से जरतारे
तोहरों में बा कुछ अच्छा ज्ञान
खोज निकाल अउर अपना के पहचान
मेहनत के बल पे आगे बढ़
जवन कमी बा ओकरा पुरा कर
ना कर सकेले मदद तऽ
ना कर पैर घिचे के कार
आज केहू के तु पैर घिचतारे
काल तोहर पैर घिचेला बा केहू तैयार
छोड़ दऽ अब तु जरल-जुरल
शुरु करऽ अब कर्म के करल
बहुत जल्दी होई तोहरों विकाश
हर जगह होई तोहरों प्रकाश

 

कवि – उदय शंकर “प्रसाद”
पूर्व सहायक प्रोफेसर (फ्रेंच विभाग), तमिलनाडु
यह भी पढ़ें:-

जंगल | Jungle par Bhojpuri kavita

Similar Posts

  • बेलना-चौकी | Belana-chauki par Bhojpuri kavita

    बेलना-चौकी ( Belana-chauki )   तोहरा का बनेके बा बेलना या चौकी बेलना दबावेला, बजावेला, घुमावेला चौकी देखेला, सहेला, निभावेला चौकि जानेला, मानेला, पहचानेला बेलना कुचलेला, उछलेला, ठुकरायेला बेलना जब-जब फिसलेला चौकि तब-तब रोकेला बेलना बार-बार उमड़ के जायेला चौकि ‌‌‌रुक शांत हो मुसकरायेला दुनु के क‌इसन मेल बा बेलना अउर चौकि के क‌इसन खेल…

  • स्कूल | School par Bhojpuri kavita

    स्कूल ( School )    ज्ञान के अंगना में आवऽ, फिरु से हम पलि बढ़ी कहीं हिम्मत, कहीं बेहिम्मत, मिल के हम इतिहास गढ़ी कबो सर जी के आहट से चारों ओर सननाहट से ज्ञान से अजोर करी आवऽ फिर हम जोर करी कबो कबड्डी, कबो क्लास कबो झगड़े के प्रयास हर बात में रूठा…

  • बुढ़िया | Budhiya Bhojpuri Kavita

    बुढ़िया ( Budhiya )    दूर झोपड़ी में रहे, बहुत अन्हार। ओमे से आवत रहे, मरत दिया के प्रकाश! चारों ओर सन्नाटा ,कईले रहे प्रहार। लागत रहे पेड़ पौधा अउर सब के लागल बा बुखार ना कवनो पत्ता हीलत रहे,जाने कौन रहे बात? हवा भी मोड़ लेले रहे मुंह, चलत रहे समय इतना ऐतना खराब।…

  • मिठ्ठा | Miththa Bhojpuri Kavita

    मिठ्ठा ( Miththa )   मिठ्ठा के गोली, भेल्ली कहाला क‌ई गो दवाई में, काम आ जाला गनना के रस पाक के भेलली हो जाला चना के साथ सबेरे खोजाला गोर होय या करिया सस्ता बिकाला चिउड़ा फूला के ओमे मिसाला मरचा आ नुन संगे धराला सट-सट सबके खुबे घोटाला भुजा के संगे भी कट-कट…

  • हे प्रभु | Hey Prabhu Bhojpuri Kavita

    हे प्रभु! ( Hey Prabhu )    मिटा द मन के लोभ सब कुछ पावे के जे हमरा लागल बा दिल पे चोट हे प्रभु! मिटा द मन के लोभ दे सकऽ तऽ तू दऽ प्रेम अउर आराधना कर सऽकी हम पूजा अउर प्रार्थना ना रहे मन में दूख अउर खोट हे प्रभु! मिटा द…

  • पागल | Pagal Bhojpuri kavita

    ” पागल “ ( Pagal )    दरद के आग बा ओके दिल में, रोये ला दिन रात देख- देख के लोग कहेला, पागल जाता बडबडात   रहे उ सिधा साधा, माने सबके बात लूट लेलक दुनिया ओके, कह के आपन जात   आज ना कवनो बेटा-बेटी, नाही कवनो जमात नाही पाकिट में एगो रोपया,…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *