School par Bhojpuri kavita

स्कूल | School par Bhojpuri kavita

स्कूल

( School ) 

 

ज्ञान के अंगना में आवऽ,
फिरु से हम पलि बढ़ी
कहीं हिम्मत, कहीं बेहिम्मत,
मिल के हम इतिहास गढ़ी
कबो सर जी के आहट से
चारों ओर सननाहट से
ज्ञान से अजोर करी
आवऽ फिर हम जोर करी
कबो कबड्डी, कबो क्लास
कबो झगड़े के प्रयास
हर बात में रूठा रुठी
नादानी में सब कुछ छुटी
एक साथ में खाना खाई
संघे-संघे मिल सब गाना गाई
मस्ती में सवाल बनाई
हल्ला हुरदूंग सबसे कराई
आवऽ फिरु स्कूल जाई

सुबह सुबह हम जल्दी जागी
माई के अचरा से हम भागी
बाबु जी से प‌इसा मांगी
खाना ले हम घर से भागी
रास्ता में हुरदुंग मचाई
आम चोरा, अमरूद पे जाई
बुढ़िया के हम खुब चिढ़ाई
सुन्दर सुन्दर गाली पाई
घर पे ओरहन रोज भेजवाई
आवऽ हम स्कूल जाई

ना कवनो डर, ना भय सताई
विज्ञान, गणित खुब रचाई
फिर भी हमेशा जिरो आई
बाबु जी से खुब थुराई
माई के अचरा में छुप जाई
आवऽ हम स्कूल जाई

अंग्ररेजी में ना रहे दिलचसपी
लागे ज‌ईसन भीगी बिल्ली
भुगोल लागे घर की चैहददी
अ्इसन आपन दिमाग के गद्दी
एक साथ हो हाथ मिलाई
आवऽ फिरु स्कूल जाई

कबो दुआ, कबो सलाम
कबो गोड छु, कबो हाथ जोड़ प्रणाम
ना कवनो जाति के अपमान
मस्त मौला मस्त विचार
सबके एक बराबर सम्मान
एक बोलाहट द‌उडल जाई
सर जी के काम में हाथ बटाई
अ्इसन आपन ऊचा विचार
हम उ स्कूल के करी बार बार प्रणाम
जवन जगह हऽ ज्ञान के जननी
प्यार अउर अजोर के जननी
अ्इसन जगह में घुल मिल जाई
आवऽ फिर हम स्कूल जाई

 

कवि – उदय शंकर “प्रसाद”
पूर्व सहायक प्रोफेसर (फ्रेंच विभाग), तमिलनाडु
यह भी पढ़ें:-

मिठ्ठा | Miththa Bhojpuri Kavita

Similar Posts

  • कलयुग | Kalyug par Bhojpuri Kavita

    ” कलयुग “ ( Kalyug )   धधक-धधक अब धधक रहल बा चिंगारी अब भड़क रहल बा लोगन में बा फुटल गुस्सा हर जान अब तड़प रहल बा कहीं आवाज अउर कहीं धुलाई धरती पे अब लालिमा छाइल जान प्यारा हऽ सबके भाई फिर काहे बा गुस्सा आइल कहीं ना बा कवनो लेखा जोखा भाई…

  • कबड्डी | Bhojpuri bal kavita kabaddi

    ” कबड्डी ” (ल‌इकन के कविता)   आव कबड्डी खेली हम, रेखा के एने ठॆली हम, दऊड़-दऊड़ के पकड़ी हम, एने-ओने जकडी हम शोर मचाई दऊड़ल जाई उठा पटक हूडदूग मचाई कबो जियाई कबो मुआई जिया मुआ के गोल बनाई माटी में हम खूब लोटाई कबड्डी-कबड्डी आव चिल्लाई     कवि – उदय शंकर “प्रसाद” पूर्व…

  • समय | Samay par Bhojpuri Kavita

    ” समय ” भोजपुरी कविता ( Samay par Bhojpuri Kavita )   झकझोर देलऽक दुनिया ओके झोर के लूट लेलऽक मिठ ओ से बोल के अउर तुडलक ओके मडोड के आज हसेला लोग देख के ओके जोर से झकझोर देलक दुनिया ओके झोर के सब केहू ग‌इल ओके छोड़ के दरद ओके खायेला खोर-खोर के…

  • होलिया में होले छेड़खानी | Holiya me Hole

    होलिया में होले छेड़खानी   रगड़ा न गलवा हमार, अबहिन कोरी बा चुनरिया। रगड़ा न गलवा हमार, अबहिन कोरी बा चुनरिया। कोरी बा चुनरिया हो,कोरी बा चुनरिया, कोरी बा चुनरिया हो,कोरी बा चुनरिया, रगड़ा न गलवा हमार, अबहिन कोरी बा चुनरिया। लाले-लाले होंठवा कै हमरी ललइया, बनके भंवरवा न लूटा ई मलइया। न लूटा ई…

  • गीत तिरंगा के | Geet Tiranga Ke

    गीत तिरंगा के ( Geet Tiranga Ke ) तीन रंग तिरंवा के शान बाटे गोरिया तीन रंग तिरंवा के शान बाटे गोरिया, हमार रंग आपन, जान बाटे गोरिया, हमार,,,,। तीन रंग तिरंगवा के दिहीं सलामी एतना सतवलस अंगरेजवा हरामी लागल एह में परान बाटे गोरिया, हमार,,,। खुदी शेखर के बा जोड़ी दिआइल ललना करेजवा के…

  • |

    पहचान | Pahchan par Bhojpuri Kavita

    पहचान ( Pahchan )    हम बिगड़ ग‌इल होती गुरु जी जे ना मरले होते बाबु जी जे ना डटले होते भ‌इया जे ना हमके समझ‌इते आवारा रूप में हमके प‌इते बहिन जे ना स्नेह देखाइत माई जे ना हमके खियाइत झोरी में ना बसता सरीयाइत आवारा रूप में हमके पाइत सुते में हम रहनी…

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *